Monday, November 3, 2014

देवठान आ तुलसी बियाह के कथा

संकर रुख अवलोकि भवानी। प्रभु मोहि तजेउ हृदयँ अकुलानी।।
आय हाय हाय... शंकर जी के राम के बाल रूप में बिलमल देखी भवानी जी के डाह होता । तुलसीओ बाबा गज्जिबे लिखले बाड़ें । 
दुआर पे चौकी बिछल रहे... गदहबेर के समय... गांवही के 3-4 जाना के साथे चर्चा चलत रहे । शुकन सिंह हमार हरवाह हवें... कान से तनी उंच सुनेले । देह दाशा के दुबर पातर बाकी बड़ खटनिहार... उहो किनारे बइठ के ना जाने केतना सुनत रहन आ केतना गुनत रहन बाकी अचाके पूछ देलन - ए बाबा, आज देउठान ह का दो... ई का हो ला ए देवता ? 

काल्हे अंवरा त अक्षय नवमी के कथा कहले रहीं। सीधा में ढेर ठेकुआ आ कचवनिया मिलल रहे । उहे एगो प्लेट में सबहरिए रखाइल रहे । बतकही के साथे पगुरियो चलत रहे । अब शुकन चाचा के आग्रह कइसे टलाव ...  आ ओपे आउरो लोग के कहनाम कि हाँ ए बाबा, सुनाइए दीं । 

हमहूँ सुरू भइनी-   

कार्तिक के महिना में हमार आजी रोज भिनसारे दुआर पर शिवाला के इनार पे नहास... ओहिजे तुलसी जी के दीया बारस... 

जगा द राम तुलसी के भइले बिहान हो...

जे मोरा तुलसी से नेह लगयिहें रामा
जनम जनम अहिवात मिलि जयिहें हो राम... 
जगा द राम तुलसी के


हमरा बड़ा जबुन बुझाए कि हेतना फजिराहे इ पूजा कइला के का काम बा ? बाकी एतना मालुम रहे कि एही दिनवें ऊख चुसेके भी बरत आवेला
आजी पूजा करिहें... तुलसी महारानी के... 
बियाह करायिहें शालिग्राम से... ऊख के माड़ो गड़ाई... तुलसी के गाछ के औरतन जईसन सजावल जाई
फोटो-दृकपंचांग.कॉम 

चूड़ी टिकुली सेनुर सभे टिकाई ... लाल चुनरी ओढा के नवकि कन्या बना देहल जाई
मजगर खेल रहे हमरा खातिर... फेर घर भर के लोग गीत गाई-

कवना घरे तुलसी जी लिहली जनमवा
कवना घरे भयिली अहवात...
जगा द राम तुलसी के... भइले बिहान

ओही घरी हमनी के उ माड़ो के ऊख पे आपन हक जतायिब जा .... 
हई जरी (जड़) देने से चार पोर ऊख हमार... हई ऊख में सियार पदले बा... हम ना खायिब |
( ऊख जब पाक जाला त कवनो कवनो पोर से फाट जाला, ओही जगह पे सब रस इकठ्ठा हो के , सुख के लाल हो जाला... हमनी के उहे कहीं जा कि इ सियार के पादल ह,एही से फाट गइल बा ) 

होत बिहान, हमनी के ओह माड़ो में से ऊख निकाल निकाल चूस जायिब जा

हमार बाबा, बड़हन कर्मकांडी... उनके श्रीमुख से सुनल कथा के एहिजा अपना से मगज से लबरत बानी

इ कथा ब्रह्मा जी कहले... 
देवता लोग के कहला पे... 
मतस्य अवतार- वेद रक्षा ; फोटो-विकिपीडिया

ए हो देवता लोग !  जानते बाड़... बुढा गईनी... दोसरकन के जिनगी के रूप गढ़े में थाक गइल रहीं त अन्घी लाग गइल | एह सुतला में हमार मुंह खुला रह गइल 


ओह घरी एगो राक्षस ... नांव ओकर शंखासुर ... बड़ा बदेल रहे... भयंकर उत्पाती

हमार मुंह त खुला रहले रहे... उ हमार मुंह में खेलत सभे वेद लोग के उठा ले गइल... वेद लोग हमार लईका... 
अब हम बुढा से उ राकस धराये के मान के रहे !!?? उ त लेके समुन्दर के तली में समा गइल
हमरा कुछो बुझाइल ना त बिसनु भगवान भी गईनी | अब रउरे आसरा बा... सब वेदन के हमरा के लौटाईं
तब बिसनु भगवान मछली बन के समुन्दर में गइले... बड़ा घनघोर लड़ाई भइल... शंखासुर के मार के वेद के अपना साथे ले अइले


फोटो-अस्त्रोकैम्प.कॉम 

बाकी एह लड़ाई में बिसनु भगवान थाक गइले | सुस्ताये खातिर शेषनाग के शैया पे लेटले त नींद लाग गइल

नींद अस कि टूटे ना... अब सभके चिंता भइल कि भगवाने सुत जयिहें त संसार के पालन के करी
बिसनु भगवान के तुलसी से बड़ा प्रेम... सभे देवता कहले कि जब ले भगवान नईखन जागत तब ले तुलसी माई संसार में कल्याण करिहें

तुलसी जी बैकुंठ से धरती पे आ गइली ... करीब चार महीना बाद बिसनु भगवान के देह हिलल... देवता लोग लगले मंगल गावे - 


उत्तिष्ठोत्तिष्ठगोविन्द त्यजनिद्रांजगत्पते। 
त्वयिसुप्तेजगन्नाथ जगत् सुप्तमिदंभवेत्॥
उत्तिष्ठोत्तिष्ठवाराह दंष्ट्रोद्धृतवसुन्धरे।
हिरण्याक्षप्राणघातिन्त्रैलोक्येमङ्गलम्कुरु॥

अब बिसनु भगवान के नींद टूटल त तुलसी के खोजले....

सभे कहल उ त राउरे कार करत बाड़ी संसार में, अब जब रउरा जाग गईनी त उनका के ले आयीं | बिसनु भगवान उनका के लावे एह संसार में अयिले | त तुलसी नवका दुलहिन बनके उनका भा गइली | दुनो जाना के बिरह दूर भइल आ फेर तुलसी बैकुंठ पधरली | आ बिसनु भगवान आपन डिउटी... अरे संसार के पालनकरता वाला.... संभलन

अब एह दिन के संसार के लोगन तुलसी आ बिसनु के बियाह के रूप में मनावेला | आ एही दिन बिसनु भगवान नींद से उठले त एकरा के देवठान (देव- उठान) कहल जाला

नवका पौधा ऊख के... मीठ रसदार ... आ पानिफल सिंघाड़ा इहे कुल्ही पूजा में चढ़ावल जाला | कहे के त बिसनु भगवान के जागे के परब ह , बाकी देखल जाओ त इ अपना भीतर के देवत्व जगावे के परब ह | त परेम पूर्वक बिसनु-तुलसी के गीत गाईं, मीठ- मीठ ऊख चूसीं आ दुनिया में अपना के मीठ बनायीं

तुलसी लहरिया लाल, ए रामा मोरे अंगनवा
मोरे अंगनवा तुलसी जी के गछिया
ब्याह ले जयिहें शालिग्राम , ए रामा मोरे अंगनवा....



त कथा बस अतने बा... लीही बिसनु भगवान के नाव .... कहाँ तुलसी बाबा बतियावत रहीं जा तबले तुलसी माई आ गइली । जै जै हो तुलसी माई 

Sunday, November 2, 2014

अक्षय नवमी के कथा


फोटो: दृकपंचांग.कॉम 

अरे महाराज दम धरीं... कथवा त कहबे करब...
बाकी बिना पान सोपाड़ी आ दक्षिणा लेले इ मिसिर बाबा के पोथी के पन्ना ना पलटाई ।
कम से कम ग्यारह रोपेया इ पोथिया  पे चढ़ाईं त हमहूँ आगे बढीं ।
का कहत बानी... पान आ सोपाड़ी नईखे...  अरे भेजीं इ महँगुआ के ... रामचनर पटेहरी के दोकान कवन कोस भ पे बा, भाग के जाई आ दउर के आई । 
तब ले कथा के भाव सुनी.. मेन कथवा हम बाद में कहेंगे...
ए बाबू साहेब जानत बानी, सभे बरत-त्यौहार एक के पीछे एक... आ सब एक दोसरा पे डिपेंडेंट.

अरे चिहात काहे बानी ! डिपेंडेंट ना बुझनी ह की हमार बतिया ना बुझाइल ह ?
अच्छा-अच्छा ,   अंग्रेजी बुझिला !!!
हँ, त कहत रहीं... सभे बरत एक दोसरा पे निर्भर बा ।
सोहराई बितल त गोधन आइल... दिवाली के बांचल लड्डू मिठाई एह गोधन में निपटारा हो गइल... त हमार कहलका ठीक बा की ना?
फेर आइल छठ...
आरे हँ ... रउआ घरे त भइल रहल हा... ठेकुआ आ कचवनिया त बनले होखी । काहे ना दू-चार ठेकुआ कचवनिया सीधा खातिर बान्ह लेनी ह ...
लीं हई मंगरूओ आ गइल... पान सोपाड़ी साथे ।
त कहत रहीं छठ के बाद इ अक्षय नवमी के अयिला के ।
कथा शुरू करत बानी... इ लीं हाथ में फूल ,पान, सोपाड़ी... कुछ दरबो दक्छिना निकाल लीं । 
आँख तोपिके ध्यान करीं ....

ओम बिसनु.. बिसनु बिसनु.... अमुक गावें , अमुक नावें, अमुक गोतर अमुक पितर... पधारीं । एह आंवरा के फेड के नीचे हमरा संगे अक्षय नवमी बाबा के कथा सुनी । 
हाथ के सभे चीज नीचे राखीं... आ हाथ जोड़ीं ।
परेम से बोलीं बिसनु भगवान की जय ।
 त कथा बा-
एकदा नैमिशारण्ये....... प्रणमामि शम्भो।।
ना बुझाइल त हिंदी में अरथ सुनीं-
एक बेर ... निमिषा के जंगल में इकट्ठा भइल...
 अरे ! घुमे फिरे... आ आपन पोसुआ सवरीयन के जंगल के हवा खियावे । इनर महाराज के हाथी सरग में बयिठल बयिठल पगलात रहे... भोला बाबा के बैल के हरियरी चाहत रहे... त मय देवता जंगल ओरे चलले... कि चल ए मन, ढेर भयिल रम्भा-मेनका सुनरी लोग के नाच... सरग में खा- पिअ आ दिनभर बईठ के नाच देखला से देह के दुर्दशा भइल जात बा... गणेश बाबा के कोलेस्ट्रोल बढ़ल बा... तोंद नईखे कम होत... जंगल के हरियरी के हवा लागी त मन-मिजाज हरियर हो जाई ।  
अब जंगल में डेरा डलाइल आ बयिठकी  लागल त एक जाना ब्रह्मा बाबा से कहले-
की ए बाबा, सोहराई बित गइल... लक्ष्मी जी के पूजा मिलल... गणेश बाबा के लड्डू भेंटायिल... अभि ले पाचल नईखे... डेकार मारत बाड़े... गोधनो कुटायिल, आ छठो बीत गइल... माने एह साल के कोटा पूरा हो गइल... अब हमनी के कवन पूजा भेंटाई जवना से हमनी के जाड़ा कटो ...
 ब्रह्मा जी कहले- 
अरे जाड़ा में नाक ना बहे आ देह में कैल्सियम के कमी ना होखे एह से आंवरा खाए के चाहीं । एह से अईसन बरत बतावत बानी, जवना से हमनी के जाड़ा में पूजा चढ़ी आ हमनी के जाड़ा कटी ।
एक बेर लक्ष्मी जी घुमे निकलली... हँ, उहे दिवाली के बाद...
सोचली की हमार पूजा त हो गइल, बाकी हमार मरद के पूजा त भयिबे ना कइल ... आ एने गउरा  बहिनो के पूजा भइल बाकी भोला बाबा छूंछे रह गईले ।
हे मन... का करीं !!! हमहीं पूजा कर देत बानी । बाकी भोला बाबा के हम पूजा करीं आ गउरा  बहिन खिसिया जास त बड़ फेरा बा ।
ध्यान लगयिली ... त आंवला के फल लउकल.. कहली की इ धात्री फल में त तुलसी आ बेल दुनो के गुण बा । एकरे के पूजा करब त दुनो जाना के पूजा हो जाई आ गउरा  बहिन खिसियइबो ना करिहें ।
त लक्ष्मी जी ओही आंवलवा के बिसनु आ शिव के प्रतिक बना के पूजा कर देली । 
सत्येंदर उपाध्याय जी के अक्षय नवमी पूजा 
दुनो जाना प्रसन्न भईले । आके कहले- ए लक्ष्मी, जईसे तू आज हमनी के पूजा कयिलू ओहसे तहरा अभी कमी ना होखेवाला पुन्य मिलल । एह पुन्य के क्षय ना होई । 
दुनो जाना आशीर्वाद दे घरे गइले ।
ब्रह्मा बाबा कहले इहे पूजा इ पृथ्वी पे जे करी ओकरा ओइसहीं अक्षय पुन्य मिली ।
लीं ये जजिमान इहे कथा त रहल ह ...
बोलीं बिसनु भगवान की जै .... भोले बैजनाथ की जै
अब निकालीं कुछो खाए पिए के..  एह आंवरा के फेड़ के निचे कुछ खा के हमहूँ पुन्न कमाँ लीं । आरे छठ के बांचल ठेकुआ- कचवनिए खियायीं । कहबे कईनी ह पहिलहीं कि इ नवमीछठ पे डिपेंडेंट बा ... 
अच्छा त आंवरा के अचार लायिल बानी... दिहीं, सुखलो आंवरा के खाए के महातम बा ।
स्कन (द) पुराण में लिखल बा...
आरे ना सकरकन पुराण ना... स्कन्द पुराण के कातिक महातम में बा की जे सुखलो  आंवरा खायी उ नारायण हो जाई -   
'धात्री फल विलिप्तातांगो धात्री फल विभूषित:। धात्री फल कृताहारो नरो नारायणो भवेत।।'
त एगो ठेकुआ आउर बढायीं... ब्राह्मण के मुख ब्रह्मा के होला.. नारायण त रहबे करेले... ढेर आशिर्बाद बा । अयिसहीं सालों साल ठेकुआ कचवनिया खियायीं ।
आबाद रहीं...
बोलीं बिसनु भगवान की जै...



Tuesday, August 19, 2014

झलक बाबा के कहनवा माने के पड़ी (संस्मरण)

हं हं... इहे गीत रहे जवन एगो इयाद बनी के रह गईल बा | आ एह इयाद में ढेर लोग जुडल बा | केकरा के गिनी केकरा के छोड़ीं !?पता ना इ गाना केकर गावल ह, आ केकरा मुंहे सुनले रहीं | उमिर के हिसाब से ५-६ साल से अधिका ना होखब | आ एह गीत के लयिकायीं में खूब गावत रहीं | आ एह गीत के फरमायिसी आवत रहे "बिस्नाथ" बाबा से...

बबुआ , झलक बाबा के सुनाव |
बाबा के नाव खेयाल ना रहत रहे , त हम आपन बाबा से पुछब- उ झलक बाबा कहिया अयिहें ? 


तीन पुसुत ऊपर एगो बाबा बक्सर के भीरी भदवर बस गईले | बिस्नाथ बाबा उहे भदवर से रहलें | उनका में आ हमार बाबा में ढेर परेम | आ उ दुनो जाना के भ्रात परेम के नेह जोग में खेलल हमार लयिकायीं | आयुर्वेद आ संस्कृत में डिक्शनरी के निघंटु कहल जाला | हमार पुकार के नाव इहे रखायिल रहे, बाकी "नि" के निस्तारण कर दियायिल आ घंटू परसिद्ध भ गईल | अब बिस्नाथ बाबा जब जब हमार गाँव पवना आवस| दुवार पे चौकी पे बिछौना, तकिया के साथे गोड धोये के जिम्मेवारी हमरा के | आ हमहूँ लपक के इ काम के झटपट करीं की बाबा आईल बानी जरुर कुछ भेंटाई | 
कहिहें- ए चनरभूसन भाई , नाती ( हमनी किहाँ पोता-नाती एके कहाला) ढेर काम करत बा | एकरा के खीरमोहन खियाव |बबुआ घंटू जी, झलक बाबा सुनायिब त खीरमोहन भेंटाई | अब खीरमोहन के लालच पे बाबा हमरा से झलक बाबा के गीत सुनब |

"झलक बाबा के कहनवा माने के पड़ी
माने ले पड़ी हो धन्वा माने के पड़ी 
झलक बाबा के कह्नवा..... |" 
फेर झोरा में से खीरमोहन के ठोंगा निकसी, दुनो हाथ में एकेक गो भेंटाई | 

बिस्नाथ बाबा गुजर गईलें , चनरभूसन बाबा गुजर गईले |
गाँव के दुआर ढह गईल |
हमार लयिकायीं ओही दुआर के माटी के ढूह में भुलाईल बा |

लयिकायीं के एह इयाद में सांच मनई के सुनर मुनर रूप अब भुला रहल बा | बाकी मनवा के कवनो कोर पे कबो कबो अतना बेचैनी होला, की हे मन, लवट चलs... ओही लायिकायीं के कोरा में जहाँ ना सांच रहे ना झूठ | बस एगो झलक बाबा रहन, एगो उनकर गीत रहे आ बलिराम हलुआई के खीरमोहन रहे...
___शशि रंजन मिश्र (२४/०२/२०१४)