Friday, June 12, 2009

हम भोजपुरिया

बोली कर्कश बुझ, चाहे बात मिठरस
हमर गंवईपन पे मत दिह हँस
दिलवा के साफ बानी, हम भोजपुरिया |

बात ना विशेष बा, स्नेह आ सनेश बा
हम हंई मलंग, ना कवनो कलेश बा
प्रेम बेहिसाब बांटीं, हम भोजपुरिया |

गाँव के गंवार बुझीं भा शहर के सयाना
भेष भी भदेश बा, चाल बा पुराना
माटी से लगाव हमारा, हम भोजपुरिया |

मोछ के हम पक्का, हथवे में प्राण राखीं
पक्का हम जुबान के अंजुरी में चान राखीं
कवनो मलाल नइखे, हम भोजपुरिया |

No comments:

Post a Comment